Social Icons

Monday, May 14, 2007

बबुआ जमाना बडा. खराब बा

बच के रहिहऽ बबुआ जमाना बडा. खराब बा
रहि-रहि के गोडवा रखिहऽ जमाना बडा. खराब बा
केहू पे भरोसा कईसे करबऽ जमाना बडा.खराब बा
बबुआ जमाना बडा. खराब बा ।

दिल्ली, मुंबई, दुबई सगरो ठगन क जमाना बा
पईसा, रुपिया तऽ खाली ऎगो बहाना बा
खून-पसीना चूसे क तऽ ऍगरिमन्ट बा
बबुआ जमाना बडा. खराब बा ।

नऊकरी- शिक्षा के नाव पे शोषण क बोलबाला बा
डोनेशन अऊर अंडरटेबल ईनकम क बोली बा
का करबऽ बबुआ जमाना बडा. खराब बा
बबुआ जमाना बडा. खराब बा ।।
कमलेश कुमार चौधरी

No comments:

Popular Posts

Blog of the Day - Daily Update